Lokgeet (लोकगीत) अवधी • Awadhi
भक्ति के रंग में रंगल गाँव देखा,धरम में, करम में, सनल गाँव देखा.अगल में, बगल में सगल गाँव देखा,अमौसा नहाये चलल गाँव देखा.एहू हाथे झोरा, ओहू हाथे झोरा,कान्ही पर बोरा, कपारे पर बोरा.कमरी में केहू, कथरी में केहू,रजाई में केहू, दुलाई में केहू.आजी रँगावत रही गोड़ देखऽ,हँसत हँउवे बब्बा, तनी जोड़ देखऽ.घुंघटवे से पूछे पतोहिया कि, अईया,गठरिया में अब का रखाई बतईहा.एहर हउवे लुग्गा, ओहर हउवे पूड़ी,रामायण का लग्गे ह मँड़ुआ के डूंढ़ी.चाउर आ चिउरा किनारे के ओरी,नयका चपलवा अचारे का ओरी.अमौसा के मेला, अमौसा के मेला.ईहै हउवे भइया, अमौसा कै मेला।मचल हउवे हल्ला, चढ़ावऽ उतारऽ,खचाखच भरल रेलगाड़ी निहारऽ.एहर गुर्री-गुर्रा, ओहर लुर्री-लुर्रा,आ बीचे में हउव शराफत से बोलऽचपायल ह केहु, दबायल ह केहू,घंटन से उपर टँगायल ह केहू.केहू हक्का-बक्का, केहू लाल-पियर,केहू फनफनात हउवे जीरा के नियर.बप्पा रे बप्पा, आ दईया रे दईया,तनी हम्मे आगे बढ़े देतऽ भईया.मगर केहू दर से टसकले ना टसके,टसकले ना टसके, मसकले ना मसके,छिड़ल ह हिताई-मिताई के चरचा,पढ़ाई-लिखाई-कमाई के चरचा.दरोगा के बदली करावत हौ केहू,लग्गी से पानी पियावत हौ केहू.अमौसा के मेला, अमौसा के मेला.ईहै हउवे भइया, अमौसा कै मेला।गुलब्बन के दुलहिन चलै धीरे धीरेभरल नाव जइसे नदी तीरे तीरे.सजल देहि जइसे हो गवने के डोली,हँसी हौ बताशा शहद हउवे बोली.देखैली ठोकर बचावेली धक्का,मने मन छोहारा, मने मन मुनक्का.फुटेहरा नियरा मुस्किया मुस्किया केनिहारे ली मेला चिहा के चिहा के.सबै देवी देवता मनावत चलेली,नरियर प नरियर चढ़ावत चलेली.किनारे से देखैं, इशारे से बोलैंकहीं गाँठ जोड़ें कहीं गाँठ खोलैं.बड़े मन से मन्दिर में दर्शन करेलीआ दुधै से शिवजी के अरघा भरेली.चढ़ावें चढ़ावा आ कोठर शिवालाछूवल चाहें पिण्डी लटक नाहीं जाला.अमौसा के मेला, अमौसा के मेला.ईहै हउवे भइया, अमौसा कै मेला।एही में चम्पा-चमेली भेंटइली.बचपन के दुनो सहेली भेंटइली.ई आपन सुनावें, ऊ आपन सुनावें,दुनो आपन गहना-गजेला गिनावें.असो का बनवलू, असो का गढ़वलूतू जीजा क फोटो ना अबतक पठवलू.ना ई उन्हें रोकैं ना ऊ इन्हैं टोकैं,दुनो अपना दुलहा के तारीफ झोंकैं.हमैं अपना सासु के पुतरी तूं जानऽहमैं ससुरजी के पगड़ी तूं जानऽ.शहरियो में पक्की देहतियो में पक्कीचलत हउवे टेम्पू, चलत हउवे चक्की.मने मन जरै आ गड़ै लगली दुन्नोभया तू तू मैं मैं, लड़ै लगली दुन्नो.साधु छुड़ावैं सिपाही छुड़ावैंहलवाई जइसे कड़ाही छुड़ावै.अमौसा के मेला, अमौसा के मेला.ईहै हउवे भइया, अमौसा कै मेला।करौता के माई के झोरा हेराइलबुद्धू के बड़का कटोरा हेराइल.टिकुलिया के माई टिकुलिया के जोहैबिजुरिया के माई बिजुरिया के जोहै.मचल हउवै हल्ला त सगरो ढुढ़ाईचबैला के बाबू चबैला के माई.गुलबिया सभत्तर निहारत चलेलेमुरहुआ मुरहुआ पुकारत चलेले.छोटकी बिटउआ के मारत चलेलेबिटिइउवे प गुस्सा उतारत चलेले.गोबरधन के सरहज किनारे भेंटइली.(बड़े मीठे रिश्ते मिलते हैं.)गोबरधन के सरहज किनारे भेंटइली.गोबरधन के सरहज किनारे भेंटइली.गोबरधन का संगे पँउड़ के नहइली.घरे चलतऽ पाहुन दही गुड़ खिआइब.भतीजा भयल हौ भतीजा देखाइब.उहैं फेंक गठरी, परइले गोबरधन,ना फिर फिर देखइले धरइले गोबरधन.अमौसा के मेला, अमौसा के मेला.ईहै हउवे भइया, अमौसा कै मेला।केहू शाल, स्वेटर, दुशाला मोलावेकेहू बस अटैची के ताला मोलावेकेहू चायदानी पियाला मोलावेसुखौरा के केहू मसाला मोलावे.नुमाइश में जा के बदल गइली भउजीभईया से आगे निकल गइली भउजीआयल हिंडोला मचल गइली भउजीदेखते डरामा उछल गइली भउजी.भईया बेचारु जोड़त हउवें खरचा,भुलइले ना भूले पकौड़ी के मरीचा.बिहाने कचहरी कचहरी के चिंताबहिनिया के गौना मशहरी के चिंता.फटल हउवे कुरता टूटल हउवे जूताखलीका में खाली किराया के बूतातबो पीछे पीछे चलल जात हउवेंकटोरी में सुरती मलत जात हउवें.अमौसा के मेला, अमौसा के मेला.ईहै हउवै भइया, अमौसा कै मेला।